जीयत में दाना नाहीं, मरला के बाद कौआ के खीर-पुड़ी ! – बनारसी श्राद्ध पुराण
जब अंतिम संस्कार ही अंतिम क्रिया है तो फिर श्राद्ध ,तेरही काहे? काहे तब अंतिम संस्कार नाम देवल जाला जब घाटे पर फूल स्टॉप लग जाला?

अनुराग पाण्डेय “अख्खड़ बनारसी”
श्राद्ध ! का गुरु !
अरे बनारस के घाटे-घाटे ईहे देखात हउए, गाजीपुर से लेके अस्सी तक ईहे नाटक चलत हउए!
जवना माई-बाऊ के जीयत जी दू रोटी खातिर तरसवले रहलन, आजु पितृपक्ष में ओकरे नाम पर कौआ खोजत हउवन!
गजबे बा गुरु!
एक बात बतावा —

उ कभी घरे आपन बुढ़ऊ माई-बाऊ से पुछले रहलन – “माई, खाना खइलू? बाऊ, दवाई लेअलS?”
नाहीं पुछले रहलन।
जीवत में त माई के घुटना के दर्द में मोबाइल में रील देखत रहलन,
बाऊ के आँख के चश्मा टूटल रहल, कहत रहलन – “अगले महीना बनवा देब।”
माई दाल में नमक तेज कर दे त थाली फेंक देत रहलन,
आजु पितर के नाम पर बिना नमक के खीर बना के कौआ के सोहारी करत हउवन।
आजु थाली में खीर-पुड़ी, घी से चुपड़ल पिंडा, पाँच किसिम के मिठाई लेके
छत पर “आव-आव कौआ” चिल्लावत हउवन।
अरे महाराज, जवन कौआ तु खियावत हउवा, उ तोहर बाप नाहीं हउए।
तोहर बाप त उ रहल जे भूखल सुतल, तोहरा के पढ़ावे खातिर।
और एगो बात और बतावा गुरु —
जब फूँके के बाद, माने अंतिम संस्कार के बाद कुछ बचबे नाही करला,
राख घाट पर गंगा में बहा दिहल जाला, हड्डी हरिद्वार चल जाला…
त फिर ई तेरही काहे? ई श्राद्ध काहे? ई दिखावा काहे?
फूँके के मतलबे होला आखिरी! आखिरी मतलब फुल-स्टॉप!
ओकरा बाद त पन्ना पलट दिहल जाला, किताब नाहीं लिखल जाला।
अगर आत्मा चलिए गइल, शरीर राख हो गइल, त फिर ई पंडाल, ई भंडारा, ई 51 किलो लड्डू के भोज काहे खातिर?
ई श्राद्ध बाप के आत्मा खातिर बा कि मोहल्ला में इज्जत खातिर बा?
सच बताईं? ई श्राद्ध पितर खातिर नाहीं, ई श्राद्ध समाज के डर से होला।
लोग का कही – “अरे देखs, तेरहीओ नाहीं कइलस!” बस एही डर से।
माँ-बाप के ऋण अइसन होला, जे सात जनम लेके भी बेटा चुकता नाहीं कर सकेला।
नौ महीना पेट में रख के, आपन खून पिला के, आपन नींद बेच के जवन माई तोहके जवान कइलस, उकर दाम कवनो पिंडदान से चुकाई?
उ बाप जे आपन फटल चप्पल पहिन के तोहके नया जूता किनके दिहलस, उकर हिसाब कवनो ब्राह्मण भोज से होई? कभी नाहीं!
ऋण त चुकाई नाहीं पईबा, बाकी एतना त कर सकत रहला ना – जियते जी एगो लोटा पानी, एगो टाइम से रोटी, एगो मीठ बोली!
अरे एगो बेर जा के त देखs – उ वृद्धा आश्रम में!
जा के देखs तनी, जहाँ तू आपन भगवान के भेज दिहला!
उहां कवनो माई बइठल बिया, दरवाजा ताकत बिया, कि कहीं हमार बेटवा आइल होई त?
उहां कवनो बाऊ बइठल बाड़े, आपन धोती के कोना से आँसू पोछत बाड़े, कि लोग का कही हम रोतानी त।
उ लोग के तू भेज दिहला गुरु, उहे माई-बाऊ के जे तोहके चलना सिखवलस।
आजु उ लोग के आत्मा कइसे संतुष्ट होई रे?
जेकरा के तू जीयत जी घर से निकाल दिहला, ओकरा मरला के बाद कौआ के माध्यम से बुलावत हउवा? शर्म करs!
उ आश्रम वाली माई के खीर-पुड़ी नाहीं चाहीं, ओकरा के बस एतना चाहीं कि शाम के बेटा एक बेर कह दे – “माई, तू ठीक बाडू नू?”
आखिरी बात –
जीवत में माई-बाऊ बोझ लागेलन, और मरला के बाद फोटो पर अगरबत्ती देखावे से पुण्य कमावत हउवन!
पुण्य कमायेक बा त जीयत में कमा लेवs गुरु, मरला के बाद त राखो गंगा में बह जाला, बचेला त खाली पछतावा।
काहे कि कौआ त खा के उड़ जाई…
पर तोहरा माई के उ भूखल रात के सिसकी, उहे घरे टंगल रही।
आज त मन कुल समाज के देख के दुखी हो गयल गुरु!
चला आज माई के चाय पिलायल जाय ।











