एगो दिन, दुगो रैली – दिल्ली में दुगो नाच, बीच में जनता के जाम

दिल्ली में सत्ता पक्ष की रैली और विपक्ष की रैली के बीच दिल्ली वासियों का दर्द

तारिक आज़मी

गुरु ! काल्ह दिल्ली में अइसन सीन रहल कि दुगो बरात एगो मंडप में आ गइल होखे!

पहिलका बरात – रामलीला मैदान वाली

  • राहुल भईया खुली बस पर, साथ में अखिलेश भईया, दीदी, महबूबा जी – पूरा मेला लागल रहल।
  • नीचे पब्लिक चिल्लातिया – “वोट चोरवा गद्दी छोड़वा”, “SIR वापस ला”
  • कहत हउअन सब – 13 करोड़ नाम लिस्ट से साफ! अरे गुरु, ई वोटर लिस्ट हौ कि रफ कॉपी?
  • राहुल जी गरजलन – “ज्ञानेश जी के गद्दी छोड़ेक पड़ी!”

दुसरका बरात – हरी नगर वाली

  • उधर भाजपा वाले आपन डीजे बजवले रहलन। 1984 के दंगा के पीड़ितन के याद में मार्च।
  • उनका कहनाम – “वोट चोरी याद बा, 84 वाला पाप भुला गइला का?”
  • असली बनारसी क्लाइमेक्स त लखनऊ में भइल!

आपन लखनऊ में एगो नेता जी बड़ा जोश में “वोट चोर गद्दी छोड़” वाला नारा लगावत रहलन। इतने में दरोगा साहब आइलन, ना लाठी, ना डाँट – सीधे नेता जी के गोदी में उठा लिहलन! भीड़ देख के हक्का-बक्का – अरे ई गिरफ्तारी हौ कि गोद-भराई? नेता जी गोदी में लटके-लटके भी चिल्लात रहलन – “वोट चोर…”

दरोगा जी कहलन – “चुप रहा, चला थाना में नारा लगइहा!” दिल्ली में 10 हजार पुलिस खड़ी बा, आ लखनऊ में एक दरोगा अकेले शो लूट ले गइल! आखिरी में बनारसी सार: दिल्ली में दुगो दल आपन-आपन ढोल पीटत हउअन, आ लखनऊ में दरोगा जी नेता जी के गोदी में उठा के लोकतंत्र के लोरी सुनावत हउअन! चला गुरु, आपन बनारसे ठीक हौ, चलैया अस्सी घाट पर मंगरू चच्चा का चाय पियल जाए!

हमारी निष्पक्ष पत्रकारिता को कॉर्पोरेट के दबाव से मुक्त रखने के लिए आप आर्थिक सहयोग यदि करना चाहते हैं तो यहां क्लिक करें


Welcome to the emerging digital Banaras First : Omni Chanel-E Commerce Sale पापा हैं तो होइए जायेगा..

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *