अनुराग पाण्डेय “अक्खड़ बनारसी”
वाराणसी। गुरु, बनारस में बस खाली सड़क पर ना, सिस्टम भी फुल स्पीड में दौड़त बा। टिकट के पैसा पर्सनल UPI में गइल, त TI टीम रूट पर उतर गइल। बाकिर डिपो के अंदर वाला रूट त वइसहीं चलत बा।
भ्रष्टासुर कहत बा – हम त बड़का सौदा करत रहलीं, इहां त 100-200 के फल पर काम चलत बा। हमार त बेइज्जती हो गइल।
सूत्रों के दावा बा कि ड्यूटी के रेट कार्ड बा – 100 रुपया = 1 किलो फल, 200 = 2 किलो, 300 = 3 किलो। घूस देवता कहत बा – हमरा के फल के भाव में तोल देहलस। हम त आलू-प्याज हो गइलीं। पैसा हाथ में ना, टेबल पर रख के जाला। बड़ा संस्कारी सिस्टम बा, हाथ ना गंदा होई, टेबल गंदा हो जाई।
दाल-तेल-प्याज सब महंगा, बाकिर घूस सस्ता – 100 में 1 किलो! सूत्रों के मुताबिक, कंडक्टर के पगार 8500 रुपया, ओमे से 1300 रुपया ‘फल-भोग’ में। उधर सूत्र चर्चा करत हउवन कि दोपहिया से बुलेट, बुलेट से ‘किया’ कार तक के सफर हो गइल। दावा बा कि ऊपरी कमाई 5000 प्रतिदिन तक बतावल जात बा।
130 कर्मी, 5 साल, बाकिर PF नंबर ना, ESIC कार्ड ना। कार्ड खोजे जाईं त ड्यूटी चार्ट मिली, चार्ट खोजे जाईं त फल मिली। एजेंसी बदल गइल – HR वंशिका गइल, SS इंटरप्राइजेज आइल। घाट बदल गइल, गंगा वही बा।
कर्मण्येवाधिकारस्ते मा फलेषु कदाचन॥ – गीता 2.47
कृष्ण कहलें – कर्म करा, फल के चिंता मत करा। इहां उल्टा बा – कर्म से पहिले फल दे दे, तबे ड्यूटी मिली। कृष्ण के फल मतलब पुण्य। इहां के फल मतलब 1 किलो 100, 2 किलो 200!
फिलहाल महाप्रबंधक परशुराम पाण्डेय और ड्यूटी क्लर्क सौरभ सिंह के बयान के इंतजार बा। तब तक जनता से निवेदन बा – बस में टिकट जरूर लीं, और फल के रेट पूछ के ही लीं, कहीं ड्यूटीए ना कट जाई।
मुस्कान अंसारी डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): भारतीय प्रशासनिक सेवा (IAS) में 13 वर्षों…
तारिक़ आज़मी डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): आज 26 नवंबर है— भारतीय इतिहास और…
आदिल अहमद डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव 2027 की तैयारी…
तारिक खान डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): संविधान दिवस के अवसर पर आज (गुरुवार,…
रेयाज़ अहमद गाजीपुर (PNN24 News, 25 नवंबर 2026): जनपद गाजीपुर के नन्दगंज थाना क्षेत्र अंतर्गत…
गौरव जैन कांठ (मुरादाबाद) (PNN24 News, 25 नवंबर 2026): जनपद मुरादाबाद के कांठ क्षेत्र में…