अनुराग पाण्डेय (अक्खड़ बनारसी)
वाराणसी (PNN24 News): अरे काशी के भईया लोगन! पिछले 24 घंटा में 123.9 मिमी पानी गिरा कि का बताईं, पूरा स्मार्ट सिटी एकदम्मे तालाब बन गइल बा। नगर निगम, जलकल, स्मार्ट सिटी वाले भईया लोग फाइल में पेरिस बना देले रहले, भगवान ने 2 घंटा पानी गिरा के वेनिस बना दिहले।
1. BHU ट्रॉमा सेंटर – इहाँ मरीज नाहीं, नाव चलत हौ
का हो भईया, अस्पताल में स्ट्रेचर तैरत हौ, एम्बुलेंस डूबल हौ। OPD में ठेहुना भर पानी, ऊपर से सीवर के पानी। तीमारदार बेचारा मरीज के कंधा पर लाद के ले जात हउवन। ई हौ बनारस के स्वास्थ्य क्रांति!
अरे महादेव! 400 दुकान में नाला के गंदा पानी घुस गइल। कपड़ा, अगरबत्ती, लड्डू सब सड़ गइल। व्यापारी कहत हउवन – “भईया रोपवे वाला पिलर लगावे खातिर 200 साल पुरान शाही नाला बंद कर दिहले सन।” नगर निगम कहत हौ – “नाला बंद भईल त का भईल, विकास चालू बा!”
सड़क पर कमर भर पानी, गाड़ी घोड़ा सब डूबल। मैनहोल खुलल बा, ऊपर पानी बा। जोन गिरल ओकर हर-हर गंगे। ई हौ स्मार्ट सिटी के नया गेम – खोजो तो जानो।
कोचिंग वाला लौंडा कहत हउवन – “गुरू, किताब, राशन, कपड़ा सब डूब गइल।” अब बताओ UPSC कैसे निकली? अब सवाल ई पूछी – “बिना नाव के BHU कैसे पहुँचब?”
एक तरफ आसमान से पानी, दूसरी तरफ गंगा जी उफनात हई। घाट डूब गइल, लाश जलावे के जगह नाहीं, छत पर चिता जलत हौ। जीयत भर सिस्टम रुलायेस, मरला के बादो चैन नाहीं।
मानसून से पहिले नगर निगम करोड़ों का टेंडर पास करेला, नाला सफाई के नाम पर फोटो खिंचावेला, बस। 30 मिनट के बरसात में सब फुस्स।
स्थानीय लोग कहत हउवन – “बिना नक्शा के बिल्डिंग, नाला पर कब्जा, और बिना दिमाग के रोपवे – ई तीनों मिलके काशी के डुबा दिहले।”
फिलहाल नगर निगम पंप लेके आईल बा, एक मोहल्ला से पानी खींच के दूसरे मोहल्ला में डालत हौ। स्कूल बंद बा, 5 लोग मर गइले, और स्मार्ट सिटी के बोर्डवा अभीओ चमकत हौ –
मुस्कान अंसारी डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): भारतीय प्रशासनिक सेवा (IAS) में 13 वर्षों…
तारिक़ आज़मी डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): आज 26 नवंबर है— भारतीय इतिहास और…
आदिल अहमद डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव 2027 की तैयारी…
तारिक खान डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): संविधान दिवस के अवसर पर आज (गुरुवार,…
रेयाज़ अहमद गाजीपुर (PNN24 News, 25 नवंबर 2026): जनपद गाजीपुर के नन्दगंज थाना क्षेत्र अंतर्गत…
गौरव जैन कांठ (मुरादाबाद) (PNN24 News, 25 नवंबर 2026): जनपद मुरादाबाद के कांठ क्षेत्र में…