अनुराग पाण्डेय “अख्खड़ बनारसी”
का गुरु, हालत ई हो गईल हौ कि बनारसी सुबह उठ के पहले न्यूज़ नाई देखत, पहले ई देखत हौ कि आज कवन बाबा कवन बाबा के धो दिहलस। एक बाबा मंच पे चढ़ के कह देहलन – तुम्हारा भगवान टेढ़ा है। अरे गुरु, हम त घबरा गइली। हम सोचे कि ई कथा होत हौ कि ज्योमेट्री की क्लास? भगवान टेढ़ा है, सीधा है, ई नापे वाला काम कब से बाबा लोग करे लगलन?
अब दूसरका बाबा अइलन। उ त अउर गरम हउअन। उ कहत हउअन – बाबा लोग ढोंगी हउअन, पाखंडी हउअन, वेद-पुराण कुछ पढ़ले नाई हउअन, बस सनातन-सनातन चिल्लात हउअन। अरे गुरु, ई त वही हो गइल – सास-बहू वाला झगड़ा। एक कहे तू ढोंगी, दूसरका कहे तू पाखंडी। बीच में जनता बेचारी चाय लेके बैठल हौ, सोचत हौ – ताली बजाई की माथा पकड़ी? हम बनारसी त अब कंफ्यूज हो गइली। हम सोचत हई – भूत-प्रेत वाला बाबा सही है कि भूत भगावे वाला बाबा सही है? एक कहत हौ – भूत होला, दूसरका कहत हौ – 10 सेकंड में हम भूत घुसा देब। अरे गुरु, हमरे अंदर त पहले से ही चाय और कचौड़ी का भूत घुसल हौ, एक और भूत काहे घुसावत हउआ?
लेकिन गुरु, कसम से बतावत हई, हम हईं रजिस्टर्ड सनातनी, सीन्स 1998 से। हमार नाम आज भी नई सड़क वाले सनातन धर्म में नियरका, ललका, करिया स्याही और हरियरका स्याही से लिखल हौ। मतलब हम पक्का वाला माल हईं, कोनो डुप्लीकेट नाई। बाबा लोग आवत-जात रहिहन, लेकिन हमार रजिस्टर वाला नाम कोई मिटा नाई पाई। हम त कहत हई – बाबा लोग, तू लोग आपस में निपट लो, पहले ई तय कर लो कि भगवान टेढ़ा है कि बाबा ढोंगी है। जब तक तू लोग तय करबा, तब तक हम अस्सी घाट पे बैठ के चाय पीत हई।
चला छोड़ा गुरु, चला कल काशी में देवता लोग अइहन, तैयारी करके हौ। देवता लोग आवत हउअन, बाबा लोग लड़त हउअन, और हम बनारसी बीच में चाय पी के कहत हईं – बस कउनो चाय पिया दे, बाकी सब महादेव देखिहन। काहे कि बनारस में एके बात पक्का हौ – भगवान टेढ़ा होखे चाहे सीधा हमार हउअन केहुँ के बतावे का जरुअत नाही हौ, बाबा ढोंगी होखे चाहे असली होखे आपस मे सलट ले, हमे त चाय से मतबल हौ
एगो चाय पियावा गुरु!
मुस्कान अंसारी डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): भारतीय प्रशासनिक सेवा (IAS) में 13 वर्षों…
तारिक़ आज़मी डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): आज 26 नवंबर है— भारतीय इतिहास और…
आदिल अहमद डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव 2027 की तैयारी…
तारिक खान डेस्क (PNN24 News, 26 नवंबर 2026): संविधान दिवस के अवसर पर आज (गुरुवार,…
रेयाज़ अहमद गाजीपुर (PNN24 News, 25 नवंबर 2026): जनपद गाजीपुर के नन्दगंज थाना क्षेत्र अंतर्गत…
गौरव जैन कांठ (मुरादाबाद) (PNN24 News, 25 नवंबर 2026): जनपद मुरादाबाद के कांठ क्षेत्र में…