का गुरु, एक बाबा कहत हउअन भगवान टेढ़ा है, दूसरका बाबा कहत हउअन बाबा ढोंगी है, अब बनारसी किधर जाये?

सही कहले हउआ, आजकल सोशल मीडिया अउर मंचन प अइसन-अइसन बयान आवत हउअन कि आदमी भजन सुने कि ज्योमेट्री अउर फिजिक्स के क्लास करे, ईहे ना समझ पावत हौ। कवनो भगवान के सीधा-टेढ़ा नापे में लागल बा त कवनो दूसर बाबा के ढोंगी-पाखंडी बतावे में व्यस्त बा। बीच में आम आदमी बेचारा हाथ में कुल्हड़ लेके सोचत बा कि ई आध्यात्मिक संवाद हौ कि कुश्ती के अखाड़ा!

अनुराग पाण्डेय “अख्खड़ बनारसी”

का गुरु, हालत ई हो गईल हौ कि बनारसी सुबह उठ के पहले न्यूज़ नाई देखत, पहले ई देखत हौ कि आज कवन बाबा कवन बाबा के धो दिहलस। एक बाबा मंच पे चढ़ के कह देहलन – तुम्हारा भगवान टेढ़ा है। अरे गुरु, हम त घबरा गइली। हम सोचे कि ई कथा होत हौ कि ज्योमेट्री की क्लास? भगवान टेढ़ा है, सीधा है, ई नापे वाला काम कब से बाबा लोग करे लगलन?

हम त कहली – गुरु, टेढ़ा है त का भइल? हमार महादेव त खुदे भंग पी के टेढ़े-मेढ़े चलेलन, काशी में सब टेढ़ा ही चलेला। गली टेढ़ी, घाट टेढ़ा, और तू भगवान के सीधा करे चलले हउआ? अरे, सीधा तो बनारस में खाली लोटा के नली होले। खैर, जब बात बिगड़ल त फिर माफी मांग के बांके बिहारी के माथा टेक अइलन। मतलब पहले भगवान के टेढ़ा कहो, फिर माथा टेको, फिर फिर कहो टेढ़ा ही है। ई कौन सा सिस्टम है गुरु? ई त वही भइल – पहले गाली देके फिर कहो – अरे मजाक करत रहली।

अब दूसरका बाबा अइलन। उ त अउर गरम हउअन। उ कहत हउअन – बाबा लोग ढोंगी हउअन, पाखंडी हउअन, वेद-पुराण कुछ पढ़ले नाई हउअन, बस सनातन-सनातन चिल्लात हउअन। अरे गुरु, ई त वही हो गइल – सास-बहू वाला झगड़ा। एक कहे तू ढोंगी, दूसरका कहे तू पाखंडी। बीच में जनता बेचारी चाय लेके बैठल हौ, सोचत हौ – ताली बजाई की माथा पकड़ी?  हम बनारसी त अब कंफ्यूज हो गइली। हम सोचत हई – भूत-प्रेत वाला बाबा सही है कि भूत भगावे वाला बाबा सही है? एक कहत हौ – भूत होला, दूसरका कहत हौ – 10 सेकंड में हम भूत घुसा देब। अरे गुरु, हमरे अंदर त पहले से ही चाय और कचौड़ी का भूत घुसल हौ, एक और भूत काहे घुसावत हउआ?

लेकिन गुरु, कसम से बतावत हई, हम हईं रजिस्टर्ड सनातनी, सीन्स 1998 से। हमार नाम आज भी नई सड़क वाले सनातन धर्म में नियरका, ललका, करिया स्याही और हरियरका स्याही से लिखल हौ। मतलब हम पक्का वाला माल हईं, कोनो डुप्लीकेट नाई। बाबा लोग आवत-जात रहिहन, लेकिन हमार रजिस्टर वाला नाम कोई मिटा नाई पाई। हम त कहत हई – बाबा लोग, तू लोग आपस में निपट लो, पहले ई तय कर लो कि भगवान टेढ़ा है कि बाबा ढोंगी है। जब तक तू लोग तय करबा, तब तक हम अस्सी घाट पे बैठ के चाय पीत हई।

चला छोड़ा गुरु, चला कल काशी में देवता लोग अइहन, तैयारी करके हौ। देवता लोग आवत हउअन, बाबा लोग लड़त हउअन, और हम बनारसी बीच में चाय पी के कहत हईं – बस कउनो चाय पिया दे, बाकी सब महादेव देखिहन। काहे कि बनारस में एके बात पक्का हौ – भगवान टेढ़ा होखे चाहे सीधा हमार हउअन केहुँ के बतावे का जरुअत नाही हौ, बाबा ढोंगी होखे चाहे असली होखे आपस मे सलट ले, हमे त चाय से मतबल हौ

एगो चाय पियावा गुरु!

हमारी निष्पक्ष पत्रकारिता को कॉर्पोरेट के दबाव से मुक्त रखने के लिए आप आर्थिक सहयोग यदि करना चाहते हैं तो यहां क्लिक करें


Welcome to the emerging digital Banaras First : Omni Chanel-E Commerce Sale पापा हैं तो होइए जायेगा..

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *